• प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी पहुचलें ‘जम्मू कश्मीर’, बाढ से प्रभावित इलाकन के लिहलें जायजा. राहत आ बचाव के काम में जुटल एनडीआरएफ,सेना आ वायु सेना के अधिकारियन के साथ बईठकी कर हालात के समिक्षा कईलन.
  • शिकागो दिल्ली एयर इंडिया के एगो बिमान मे इंधन लिक के ख़बर आ रहल बा . हालाकि ता्जा मिल रहल खबरन के अनुसार एह में सवार सगरो लोग सुरक्षित बाड़्न. एफ फ्लाइट में कुल ३४२ गो पैसेंजर रहलें.
  • दिल्ली के कोर्ट ‘बाल विवाह’ के समाजिक बुराई करार देत एह पर कड़ी टिप्पणी कईलसि. कोर्ट के कहना रहे कि ‘बाल विवाह’ बलात्कार जईसन अपराध से भी बढ अपराध बा.
  • पाकिस्तान में आतंकवादी हाफ़िज सईद से मुलाकत करके मीडिया में सुर्खियां बटोर चुकल बेद प्रताप बदिक एक बार फिर विवादित बयान देले बाड़्न. वैदिक कहल कि जवन सांसद हाफिज से उनकरी मुलाकात के गलत बतावत रहलन उनकर दिमागी हालत ठिक नईखे. वेद प्रताप एह बयान के बाद विवाद में फिर घिर गईल बाड़्न.
  • झारखंड के दुमका जिला में एगो स्कूल में शिक्षक दिवस पर खाना खईला से कई गो लईकन के हालत खराब हो गईल.दुमका के सदर अस्पताल में लैकन के इलाज चल रहल बा.
  • आज एकमात्र टी २० मुकाबला में भारत जीत के इरादा से मैदान पर उतरी. एह से पहिली टीम इंडिया वन डे टूनामेंट अपना नामे कर चुकल बिया.