2013071124यह समाचार पिछले महिने छापा जा चुका है.

यशराज फिल्म के धूम 3 के लेके लोगन मे मन मे अबहिये से बेताबी बढ गईल बा, फिल्म के ट्रेलर आ टाईटल ट्रैक के देख के त कम से कम इहे बुझात बा.

धूम 3, 20 दिसंबर के रिलीज हो रहल बा.

लेकिन फिल्म के देखे वालन खातिर खबर इ बा कि धूम 3 के लोकप्रियता के चलते निर्माता फिल्म के एगो टिकट मल्टीप्लेक्सेस में 500 रूपया मे बेचे के मन बना लेले बाड़ें.

आपके बतावत चलल जाव कि आमिर के धूम 3 बाँलीवुड के पहिलकी फिल्म बा जेकरा के आईमैक्स फॉर्मेट मे रिलीज कईल जा रहल बा.

गौरतलब बा कि धूम सिरीज के इ तिसरकी फिल्म ह,धूम के पहिलका संस्करण 2004 मे आ दुसरका संसकरण 2006 मे आईल रहे.

धूम थ्री मे आमिर खान के साथ-साथ कैटरीना कैफ,अभिषेक बच्चन आ उदय चोपड़ा के मुख्य भूमिका बा. जबकि फिल्म मे आमिर खान नकारात्मक भूमिका मे बाड़ें.