2013092441

December 2013  News

बिहार भोजपुरी अकादमी भिखारी ठाकुर के १२६ वीं जयंती पर फ़िल्म अभिनेत्री वैष्णवी द्वारा दिहल गईल मूर्ती पर माला चढा के मनवलसि.

पटना के प्रेमचंद रंगशाला में आयोजित जयंती समारोह के उदघाटन बिहार के के शिक्षा मंत्री पी के शाही कईलें.

भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष चंद्रभूषण राय आ मौरिशश के पूर्व मंत्री जगदीश गोवर्धन वैष्णवी के सम्मानित कईलें.

गौरतलब बा कि फ़िल्म अभिनेत्री वैष्णवी ढेर दिन से लागल बाड़ी की पटना मे भिखारी ठाकुर के मूर्ती लगावल जाव.

ताजा समाचार अपना मोबाईल पर पावे ला m.bhojpurikhoj.com पर आईं.