Untitledपूर्वांचल के मऊ जिला मे आज भईल एगो सड़क दुर्घटना मे एगो युवक के मुवला से हंगामा के ख़बर आ रहल बा | ताजा मिलल ख़बरन के अनुसार लोगन द्वारा एगो स्कार्पियो के क्षतिग्रस्त कईला के अलावा मऊ-आजमगढ रोड जाम कर के आपन आक्रोश जतवलें|

ख़बर के अनुसार मऊ के खेदुपुरा के वसीम अहमद (२५) अपना बाईक से कहीं जाये ला निकललें लेकिन तेजी से आ रहल एगो स्कार्पियो उनकरा के टक्कर मार दिहलस आ उनकर मौका पर ही मौत हो गईल|

आसपास मौजूद लोगन द्वारा स्कार्पियो पर पथराव कईलें आ ड्राईवर के पकड़ लिहलें लेकिन स्कार्पियो मे ३ से ४ लोग और सवार रहलें जवन कि भीड़ के जुटला से पहिले ही भाग गईलें|

स्कार्पियो मे शामील लोगन के गिरफ्तारी के मांग के लेके लोगन द्वारा जाम लगावल गईल और युवक लाश दु घंटा तक ओहिजा पड़ल रहे लेकिन जब लोगन के गुस्सा शांत भईल त पुलिस शव के कब्जा मे लेके पोस्टमार्ड्म ला भेजलस|