Danga_377_1388660457युपी के अखिलेश सरकार अब लोकसभा चुनाव निगीचा अवते वोट के जुगाड़ मे लाग गईल बिया | तबे त दंगा के आरोपी नेता लोगन पर से केस वापस लेबे के तईयारी कर रहल बिया.

ख़बरन के अनुसार बसपा आ कांग्रेस के मुस्लिम नेतन के उपर से युपी सरकार केस हटवला के पुरा तईयारी क चुकल बिया.

ताजा अपडेट के अनुसार सरकार एह मामले मे जिला प्रशासन से राय मंगले बिया जेकरा बाद उम्मीद बा की सरकार दंगा आरोपीयन पर से केस हटाई.

हालांकि पुलिस सगरो आरोपियन पर धारा १४४ आ भडकाऊ भाषण दिहला के आरोप लगवले बिया लेकिन यूपी सरकार जिला प्रशासन के चिठ्टी लिखले बिया जेकरा मे पुछल गईल बा कि का एह नेता लोगन पर से केस हटावल जा सकेला.