SHARAD_PAWAR_10949fकेंद्रीय कृषि मंत्री आ एनसीपी नेता शरद पवार काल्हु घोषणा कईले कि उ लोकसभा चुनाव ना लड़ीहे| हालांकि पवार संकेत देले बाड़ें कि उ राज्यसभा ला चुनाव लड़ सकेलें.

अपना पार्टी के लोगन के संबोधित करत पवार कहलें कि उ अब रूकल चाहत बाड़ें ताकी पार्टी ला ढेर समय निकालल जा सके.आ हमके राज्यसभा ला जईला में कवनो दिक्कत ना होई.

पवार के अनुसार जनता फैसला लेबे वाला नेता चाहत बिया जे फटाफट फैसला ले सके. शरद पवार के ई बयान हाल मे आईल विधान सभा चुनाव के बारे मे रहल|शरद आगे कहलें कि हमके मालूम बा कि मध्यप्रदेश आ छत्तीसगढ के सरकार अपना काम के बल बूते पर सत्ता मे लवट के आईल बिया. लेकिन राजस्थान आ दिल्ली के सरकार के काम के लोग पसंद ना कईलें.