raj-thackeray_295x200_41389266968भाजपा के पीएम पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी पर मनसे के प्रमुख राज ठाकरे जबरजस्त जुबा्नी हमला कईले बाड़ें.

बतौर ठाकरे के अनुसार मोदी के पीएम पद के रेस मे अईला के बाद गुजरात के सीएम पद के छोड़ देबे के चाहीं|

ठाकरे के अनुसार मोदी जहां जालें ओहिजा खाली गुजरात के बात करेलन लेकिन उन्के अब राष्ट्रीय दृष्टि कोण अपना के देश के बात करे के चाहीं|मनसे प्रमुख राज ठाकरे आम आदमी पार्टी पर निशाना साधत कहलें कि महाराष्ट्र मे आप के कवन नेता बा ओकर पते नईखे|

मोदी की रैली मे उमड़ रहल भीड़ पर राज ठाकरे के कहना बा कि मोदी के रैली के भीड़ से ज्यादा भीड़ उनकरी रैली मे होला|