latestअपना धर्म गुरू के अंतिम दर्शन ला लोगन के भीड़ बढत जा रहल बा और श्रद्धांजलि देबे ला हजारो लोग एक दुसरे के हाथ पकड़ के मानव श्रृंखला बना के अपना गुरू के भावभिनी श्रद्धांजलि दे रहल बाड़ें|

एसे पहिले ख़बर आईल रहे कि मुंबई के मालाबार हिल के उनकरी बंगला पर अफवाह फईलला से भगदड़ मच गईल जेह में १८ लोगन के मौत हो गईल|

गौरतलब बा कि धर्म गुरू  डॉ सैय्यदना मोहम्मद बुरहानुद्दीन के शुक के निधन हो गईल रहे और इ बोहरा समुदाय के धर्म गुरू रहलें|