downloadजवन प्रदेश मे एक तरफ दंगा पीड़ितन के पुनर्वास के लेके लोग चिंता मे बाड़े ओहिजा प्रदेश के सरकार मौज मस्ती मे जुटल बिया ओहिजा दुसरी तरफ सैफई महोत्सव मे प्रदेश के मुखिया रातभर बाँलीवुड के स्टार कलाकारन के रंग मे रंगाईल रहलें|

लोग जहां यूपी सरकार के निंदा कर रहल बाड़ें ओहिजा सैफई महोत्सव मे आपन जलवा देखावे आईल बाँलीवुड के स्टार कलाकार माधुरी आ सलमान खान के भी लोग निंदा कर रहल बाड़ें|

उधर बाँलीवुड के किंग खान शाहरूख खान सलमान आ माधुरी के बचाव मे उतर आईल बाड़ें आ शाहरूख खान के अनुसार बतौर परफॉर्मर कलाकरन की ओर से कुछ भी गलत नईखे भईल आ मीडीया द्वारा अलोचना के भी गलत करार दिहलें|

शाहरूख खान के अनुसार बतौर परफॉर्मर जब उन के बोलावल जाला त उनके मालूम ना रहेला कि आस पास का हो रहल बा आ कार्यक्रम के आयोजन कवना स्थिती मे हो रहल बा|

गौरतलब बा कि यूपी सरकार द्वारा आयोजीत सैफई महोत्सव मे बाँलीवुड स्टार्स के  परफॉर्मेस  के हर तरफ निंदा कईल जा रहल बा| आ एकरा पिछे इ तर्क दिहल जा रहल बा कि एक तरफ जहां मुजफ्फरनगर के दंगा पीड़ित दर्द मे जल रहल बाड़ें ओहिजा प्रदेश के अखिलेश सरकार मौज मस्ती आ जश्न मे डूबल बिया|