downloadसैफई मे सैफई महोत्सव के जश्न के लेके सबके निशाने पर आईल यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के माधुरी के साथ ‘डेढ इश्किया’ के देखला के सपना सपने रही गईल बुझात बा काहें से कि ख़बर बा कि माधुरी के साथ आज अखिलेश डेढ इश्किया देखे के प्रोग्राम रद्द हो गईल बा|

लखनऊ के वेव मल्टीप्लेक्स मे फिल्म ‘डेढ इश्किया’ के प्रीमियर दुपहरिया तीन बजे रखल गईल रहे | एह मे फिल्म के नायिका माधुरी के साथ यूपी के सीएम अखिलेश यादव भी सामिल होखे वाला रहलन, लेकिन बुझात बा कि सैफई के जश्न मे चौतरफा घिरल अखिलेश अब औरी फजीहत नईखस करावल चाहत|

गौरतलब बा कि सुबे के सपा सरकार सैफई मे महोत्सव आ ओकरी खर्च आ टाईमिंग पर चौतरफा मीडिया या विपक्ष के निशाने पर आ गईल बिया जहां एक तरफ मुजफ्फर नगर के दंगा पीड़ित अपना के ठंड से बचावे के कोशीश कर रहल बाड़ें ओहिजा सुबे के सपा सरकार सैफई मे सैफई महोत्सव के नाम पर करोड़ो के सरकारी रकम खर्च कर चुकल बिया|

ख़बरन के अनुसार ‘डेढ इश्किया’ के यूपी मे टैक्स मे भी छूट दिहला के योजना भी बनल रहे लेकिन शायद अब सैफई के आयोजन से आपन फजीहत करा चुकल सरकार अब एह पर फिर से विचार करे|