0562b5a2-d390-41de-bd8a-795b9593e898wallpaper1लखनऊ मे एगो उच्च स्तरीय बईठक मे दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जेड श्रेणी सुरक्षा दिहला पर सहमती बन गईल बा|  अब यूपी सरकार दिल्ली के सीएम के जेड श्रेणी सुरक्षा देई|

चूकि आप के अंयोजक अरविंद केजरीवाल दिल्ली के मुख्यमंत्री बाड़ें लेकिन उ यूपी के गाजियाबाद के कौशाम्बी इलाके मे अपना घर मे रहेलन जेकरा चलते इ सुरक्षा केजरीवाल के दिहल गईल बा|

हालांकि केजरीवाल पहिलही सुरक्षा लिहला पर आपन असहमती जता चुकल बाड़ें लेकिन दिल्ली पुलिस के अनुरोध रहे कि यूपी सरकार केजरीवाल के सुरक्षा ला आवश्यक कदम उठावे|

हालांकि केजरीवाल द्वारा अपना ला सुरक्षा ना लिहला के बयान आ इछ्छा के बाद यूपी सरकार केजरीवाल के जेड प्लस के बजाय जेड  श्रेणी के सुरक्षा दे रहल बिया|