M_Id_405937_Akhilesh_Yadavयूपी के सीएम अखिलेश यादव सैफई मे भईल सैफई महोत्सव पर आलोचना से घिरला के बाद मीडिया से बात करत खुल के महोत्सव के पक्ष मे आ गईलें|

बतौर अखिलेश यादव मीडिया मे आ रहल ख़बर कि सैफई महोत्सव मे ३०० करोड़ के खर्च पर मीडिया से ही जवाब मंगले आ कहलें कि या त मीडिया एकर जवाब दे या फिर माफी मांगे|

एगो संवाददाता सम्मेलन मे अखिलेश यादव कहलें कि सैफई महोत्सव के आयोजन हर साल होला चाहें सपा सत्ता मे रहल हो या ना रहल होखे|

अखिलेश यादव के अनुसार ‘सैफई महोत्सव’ से उत्तर प्रदेश के पर्यटन के बढाव मिले ला जबकि मीडिया एकर गलत रिपोर्टिंग कर रहल बा| मीडिया मे जे भी ३०० करोड़ के खर्च बता रहल बा ओके माफी मांगे के चाहीं काहें से की महोत्सव पर ६-७ करोड़ से ज्यादा के खर्च नईखे भईल|